Chal Jal Dhare Jatahawa Dham

Bhim Singh, Kesha Baba, Bhim Singh Yadav

लड़का - स्थायी -जानतानी लमहर बाटे रे डगरिया
कबो होला धूप कबो छाये रे बदरिया
कबो होइ जाला बरिशके घाम
*********
लड़की - बोलबम बोलत जाय हो कांवरिया
बाबा हो जटहवा के धाम
********
कोरस - बोलबम बोलत जाय हो कांवरिया
बाबा हो जटहवा के धाम
********
१-अंतरा - लड़का - नरहन से जलवा उठावले कांवरिया
डेगे -डेगे नाप देले सगरी डहरिया
*******
लड़की - गोड़वा में पड़ी जाला चलिके हो छाला
तबो रे कांवरिया मने में मुसकाला
*********
लड़का - हाथी नाही घोडा कुछ आउर सवरिया
दुलकत जाय लचकावत कमरिया
तनिको ना लेत बा आराम
******
लड़की - बोलबम बोलत जाय हो कांवरिया
बाबा हो जटहवा के धाम
*******
कोरस - बोलबम बोलत जाय हो कांवरिया
बाबा हो जटहवा के धाम
*******
२ -अंतरा - लड़का - भूलल बटोहिया के रहिया देखावेले
अतने ना बाबा घर तक पहुचावेले
*********
लड़की भीम सिंह हउवे बाबा के पुजारिया
जल ढारे हर साल बनिके कांवरिया
******
लड़का - जपन मुकेश जी पे बाबा के नजरिया
सुमीरे मुकेश पाल आठो रे पहरिया
बाबा हो जटहवा के नाम
*******
लड़की - बोलबम बोलबम बोलत कांवरिया
चला जाय भोले जी के धाम
******
कोरस - बोलबम बोलबम बोलत कांवरिया
चला जाय भोले जी के धाम

Most popular songs of Antra Singh Priyanka

Other artists of Dance pop