Januwa ke hokhta shadi

Mojib Rahman

लडकी- ऐ हो पिया केहू से बतईबा त ना हो
कही एगो बात खिसियइबा त ना हो -2
लडका- बोला धनी बोला धनी मुहवा खोला तनी
अखिया काहे लोराईल बा
लडकी- जायेदा हमके ऐ मोर संईया नईहर से नेवता आईल बा
जनूआ के हमरा होखता शादी दू दिन बाद दिन धराईल बा

लडकी- नईहर जब छूटल त यरवो छूटल
बचपन के प्यार से रिश्ता मोर टूटल -2
लडका- लागता दिमाग पगलाईल बा
लडकी- जायेदा हमके ऐ मोर संईया नईहर से नेवता आईल बा
जनूआ के हमरा होखता शादी दू दिन बाद दिन धराईल बा

लडकी- बियाह में मोजिब के कईसहू जाईब
कईले बाडी वादा त जरूरे निभाईब -2
लडका- नेह नवनीत से धराईल बा
लडकी- जायेदा हमके ऐ मोर संईया नईहर से नेवता आईल बा
जनूआ के हमरा होखता शादी दू दिन बाद दिन धराईल बा

Trivia about the song Januwa ke hokhta shadi by Shilpi Raj

Who composed the song “Januwa ke hokhta shadi” by Shilpi Raj?
The song “Januwa ke hokhta shadi” by Shilpi Raj was composed by Mojib Rahman.

Most popular songs of Shilpi Raj

Other artists of Dance music